Jump to content

देखहूँ के भइले सपनवाँ हो मोरा स्याम सुन्दर के

From Wikisource
देखहूँ के भइले सपनवाँ हो मोरा स्याम सुन्दर के
by महेंदर मिसिर
301410देखहूँ के भइले सपनवाँ हो मोरा स्याम सुन्दर केमहेंदर मिसिर

देखहूँ के भइले सपनवाँ हो मोरा स्याम सुन्दर के।
कुबरी से प्रीत कइलें हमनी के तेज गइलें,
ना जानी कवने करनवाँ हो मोरा स्याम सुन्दर के।
जब जब इयाद पड़े नैना से लोर ढरे,
जइसे झरेला सवनवाँ हो मोरा स्याम सुन्दर के।
पापिन बिजुरिया इ रही-रही चमके,
सुनी-सुनी जागेला मदनवाँ हो मोरा स्याम सुन्दर के।
कहत महेन्दर कागा उचरऽ अंगनवाँ।
कब कइहें कृष्णजी भवनवाँ हो मोरा स्याम सुन्दर के।


This work is now in the public domain because it originates from India and its term of copyright has expired. According to The Indian Copyright Act, 1957, all documents enter the public domain after sixty years counted from the beginning of the following calendar year (ie. as of 2024, prior to 1 January 1964) after the death of the author.