Jump to content

फूल तूड़े गइली राम राजा जी के बगिया

From Wikisource
फूल तूड़े गइली राम राजा जी के बगिया
by महेंदर मिसिर
301343फूल तूड़े गइली राम राजा जी के बगियामहेंदर मिसिर

फूल तूड़े गइली राम राजा जी के बगिया से निहारी लेलीं ना।
सखी दुनू रे सजनवाँ से नाहिरी लेलीं ना।
कबहीं ना देखलीं रामा अइसन सुरतिया से लागी। गइलें ना।
हम के बांकी रे नजरिया से लागी गइलें ना।
एक मन करे रामा गरवा लगइतीं दूसर मनवाँ ना।
मोरा हँसिहें सजनवाँ दूसर मनवाँ ना।
कहत महेन्द्र मोरा मोहेले परनवाँ से मिलाई देहू ना।
कवनो करी के जतनवाँ राम मिलाई देहू ना।
कवनो करी के जतनवाँ राम मिलाई देहू ना।


This work is now in the public domain because it originates from India and its term of copyright has expired. According to The Indian Copyright Act, 1957, all documents enter the public domain after sixty years counted from the beginning of the following calendar year (ie. as of 2024, prior to 1 January 1964) after the death of the author.